राऊर जवाब के हमरा पता नइखे लेकिन हमार जवाब साफ बा. रऊंवा के हम आपन जवाब इ लेख के आखिर में बताइएब. ओकरा से पहिले रऊंवा के हम एगो नया ऑन लाइन फ्रॉड के बारे में बतावल चाहत बानी. पहिले के ऑन लाइन फ्रॉड में जालसाज कुल रऊंवा से बैंक के डिटेल, कोड वगैरह पूछत रहे. केहू उहनी के जाल में फंस गइल त फेन ओकर एकाउंट पर उहनी के हाथ साफ लेकिन अब इ नयका ऑन लाइन फ्रॉड अलग बा. इ नयका ऑन लाइन फ्रॉड में रऊंवा से ना त केहू राऊर बैंक डिटेल पूछी, ना ही कौनो एटीएम नंबर, सिक्योटिरी कोड, कुछु भी ना लेकिन फेन भी ओकर एकाउंट से सब माल पानी गायब !
अब इ फ्रॉड के तरीका सुनीं. ऐकरा में फ्रॉडिया कुल सबसे पहिले रऊंवा से फोन पर मीठ मीठ बतइहन स. भाई साहब, पहचाने ? अरे, आपसे दो महीने मुलाकात तो हुई थी. हं हं, हम आपके चाचा के फलां दोस्त बोल रहे हैं, टाइप के गोलमोल बात. अब अगर रऊंवा उहनी के झांसा में आ गइनीं तब ऐकरा बाद उ कुल अगिला दांव चलीं. भाई साहब, एगो दिक्कत बा. हमरा केहू से पेमेंट लेबे के बा लेकिन हमार गूगल पे चाहें पे फोन में दिक्कत आ गइल बा. तनि रऊंवा आपन एकाउंट में उ पेमेंट ले लीं. हम बाद में रऊंवा से उ पेमेंट ले लेब.
अब गौर करीं. ऑफर का बा ? राऊर एकाउंट में पइसा जमा करे के ऑफर. पइसा नइखे मांगल जा रहल बा, कौनो बैंकों डिटेल भी ना. कहल का जा रहल बा ? राऊर एकाऊंट में पइसा जमा करे के बात. केहू सोच सकत बा कि ऐकरा में का फ्रॉड होइ ?
जेकरा दिमाग में अइसन बात आयी कि उ कहि सकेला ठीक बा. मंगा लिहीं. माल पानी भी कौनो लाख पचास हजार ना होइ जे टैक्स वैक्स के लफड़ा होखे. छोट मोट एमाउंट देख के रऊंवा सामने वाला के मदद करे के तैयार हो सकत बानी. राऊर हां कहला के साथे उहनी के राऊर मोबाइल में मैसेज भेजिहन स. एगो लिंक रहे ला उ. अब उहनी के उ लिंक खोले के कहिइसन. रऊंवा के झांसा दिहन स कि भाई साहब, रऊंवा लिंक खोलीं, लिंक खोलते राऊर एकाउंट में पइसा आ जाइ. असल में लिंक खोलला से कुछु ना होला. पइसा के लेन देन के खातिर ओकरा में गूगल पिन डाले के होला. रऊंवा गूगल पिन के बात देख के एलर्ट हो सकत बानी. सवाल करब त उहनी के एगो नया पुड़िया थमाई. अरे भाई साहब, पिन डाले से का दिक्कत ? पइसा जमा त राऊरे एकाउंट में होइ. अब रऊंवा उहनी के बात में आइ के पिन डाल दिहनी त बस समझ जाइं कि रऊंवा साथे खेल हो गइल. लिंक में जेतना एमाउंट के मैसेज रही, ओतना एमाउंट राऊंर एकाउंट से रफूचक्कर !
अब बतावत बानी कि असल खेला का रहेला. इ पूरा फर्जीवाड़ा में असल खेला रहेला दू गो शब्द के. डेबिट आ क्रेडिट के. क्रेडिट मतलब पइसा जमा कइल, डेबिट मतलब पइसा निकालल. लिंक में लिखल रहेला डेबिट. मतलब रऊंवा गूगल पिन डाल के बैंक के कहत बानी कि हमार एकाऊंट से हेतना पइसा निकाल के दोसरा के एकाउंट में ट्रांसफर कइ द. बैंक उहे करेला जे राऊर आदेश होला. राऊर गूगल पिन डलला के साथ उ ओतना एकाउंट राऊर एकाऊंट से दोसरा के एकाउंट में ट्रांसफर कइ देला. आ उ दोसर एकाउंट केकर रहेला ? ओकरे जे रऊंवा के आपन मीठ मीठ बात में फंसा के चूना लगावेला.
उम्मीद करत बानी कि अब रऊंवा इ सवाल के जवाब मिल गइल हो कि केहू राउर बैंक एकाउंट में पइसा जमा करे के कही त राऊर जवाब का होइ?
(शशि कांत मिश्र भोजपुरी के जानकार हैं, आलेख में लिखे विचार उनके निजी हैं.)